...

26 views

चापलूसी बड़ी जरूरी बा 🤟🤗🤗😎😃
केहू के शौक ता केहू के मजबूरी बा,🤟😃
चापलूसी बड़ी जरूरी बा,🤟🤗🤗😎

इंक्रीमेंट प्रमोशन अउर नंबर ऊहे बनावता,🤟😃
आगे पीछे साहब के चक्कर जे लगावता,🙏🤗
काम भले ही न होखेे लेकिन पीछे लागल जरुरी बा,🤟😃
ए बबुआ चापलूसी बड़ी जरूरी बा,🙏🤗🤗😎

भोरे सांझे दूनो टाइम गाड़ी से पहुंचावत रहा,🤟😃
घर से बना के dry fruits वाली खीर खियावत रहा,🤟😃
लंच में साहब नान रोटी अउर डिनर में तंदूरी बा,🤟😃
ए बाबू चापलूसी बड़ा जरूरी बा,🙏🤗🤗😎

ऊ जमाना गइल कलजुग अब चलत बा,🤟😃
सांप मूस के बिल में आदमी अब रहत बा,🤟😃
देखा एक जन के जगह पर दस दस गो मुड़ी बा,🤟😃
ए बाबू चापलूसी बड़ी जरूरी बा,🙏🤗🤗😎

सब रंग समा जाले जी हुजूरी के रंगोली में,🤟😃
सांचों सबसे बड़ ताकत बाटे मिठ बोली में,🤟😃
मीठ बोले वालन के दुनो हाथ में पुआ पूड़ी बा,🤟😃
ए बाबू चापलूसी बड़ी जरूरी बा,🙏🤗🤗😎

सिधवा आदमी का करे हेराईल अकिल बा,🤟😃
अउर बिना काम के एक दिन भी मुश्किल बा,🙄😟
देखा केहू तलवा चाटे केहू चाटत अंगूरी बा,🤟😃
ए बाबू चापलूसी बड़ी जरूरी बा।🙏🤗🤗😎