...

5 views

भोजपुरी लोकगीत
जा तर परदेश पिया
बोलिह जनि तू ढेर पिया
तनी मनी देख लिह तू रील पिया
बाकि काम करीह तू ढेर पिया
ट्वीटर पर लिखिह कम पिया
ना त पहुंच जईब ससुरारी पिया
फिर ससुर जी तोहार जाए दिहन
चल जाई घर पर बुलडोजर पिया
घर जाई त धन जाई धन जाई त इज्जत
इज्जत गइल त फिर ना आई केतनो
परिश्रम करब पिया ।
पंडित जी कहले रहनन केश के बनत बा
ईगो योग पिया
बाचल रहब त ना होई कवनो कष्ट पिया
भले कमइब दू पैसा कमे पिया