...

22 Reads

#yara

सुनल बिया की तोहरा के फूल ढेर नीक लागेला,
फुलवा देख के तोहरे मनवा में खुशी जागेला,
चला ठीक बा हम तोहरा खातिर ले आइम कहे कि,
जब तू मुस्कुराइला न करेजा फूल जैसन लागेला...

तोहरा के भी हमरे सांघे पहलवान बनाईम,
सगरो कदम कदम पर तोहार साथ निभाइम,
तोहार मुस्कुराहट भरा चेहरा देख के हमर भाग जागेला,
जब तू मुस्कुराइला न करेजा फूल जैसन लागेला....

केहू गेंदा मांगे केहू मांगे चंपा चमेलिया,
केहू मांगे गुलमोहर केहू मांगे डहेलिया,
हमरा के पसंद बा जवन हमर यारा के पसंद आवेला,
जब तू मुस्कुराइला न करेजा फूल जैसन लागेला...

उ फूल लाके तोहरे केशिया में सजावे के मन बा,
उ फूल सांघे केश के खुशबू में डूब जावे के मन बा,
कहे कि उ खुशबू एक अलगे ताजगी जगावेला,
जब तू मुस्कुराइला न करेजा फूल जैसन लागेला...

उ सूनर फूल तोहरे केशिया में शोभी,
ऐसन तोहार अखियां त लागे चलैहें गोली,
उ गोलिया बार बार आइके हमर दिल धड़कावेला,
जब तू मुस्कुराइला न करेजा फूल जैसन लागेला...

फुलवा के मेंहदी तोहरे सवंरको हथवा में उतारब,
तोहार सूनर तस्वीर अपन दिल मा उतारब,
कहे कि तोहार याद हमर दिलवा के आजो बहकावेला,
जब तू मुस्कुराइला न करेजा फूल जैसन लागेला।