...

7 views

भंवरा बन के आवल करऽ🌼🦋🐝
कबो कबो तूँ फुलवारी मे भंवरा बन के आवल करऽ,
संघे संघे हमरा तूहूँ,सनेहीया गीत सुनावल करऽ,
आ काढ़ के राख दें हम करेजा तोहरा आगे,आपन अधिकार तनि हमरो पे जतावल करऽ ,
तितलियन के समूह मे राजा,तूं भेस बदल के आवल करऽ,
मोर नयना करे रोज निहोरा तोहरा से कबो तऽ आपन दर्शन देखावल करऽ,
हई हियारा के पाँकी मे,डेग डाली तूं कमल के फूल खिलावल करऽ,
कबो कबो तूँ फुलवारी मे भंवरा बन के आवल करऽ,
© सरिता.._78